ओने अंग्रेजन के गोली ऐने किसानन के टोली गूंजे जय हिन्द के बोली उ मरहौरा में .... ई मास्टर अजीज द्वारा गावल खाली एगो गीत ना ह बलुक इतिहास के उ दस्तावेज ह जवन खाली अइसन कुछ गीत में दब के रह गइल बा। आज हमनी अइसने गुमनाम दस्तावेज में से भारतीय स्वाधीनता संग्राम के कुछ अइसन क्रांतिकारियन के याद कइल जाई जेकरा के भूला दिहल गइल बा। भारतीय स्वतंत्रता संग्राम खातिर अगस्त महीना के बहुत मोल बा। 15 अगस्त के आजादी त मिलबे कईल बाकी एकरा अलावा अगस्त क्रांति केकरा भोर पड़ा सकेला। द्वितीय विश्व युद्ध में समर्थन लेला के बादो जब अंग्रेज़ भारत के स्वतंत्र करे खातिर तइयार ना भइलें तब राष्ट्रपिता महात्मा गांधी जी द्वारा भारत छोड़ो आंदोलन के रूप में आजादी के अंतिम लड़ाई के बिगुल फूँक दियाईल जवना से ब्रितानिया हुकूमत में दहशत फइल गइल। बहुत जल्दी ई देशव्यापी आन्दोलन के रूप ले लेलस , ओही क्रम में सन 1942 में 18 अगस्त के दिन मढ़ौरा के ...