सीधे मुख्य सामग्री पर जाएं

संदेश

अक्टूबर, 2014 की पोस्ट दिखाई जा रही हैं

तीर - लालटेन

                                        तीर - लालटेन बड़का-छोटका भाई में, डील कोई करावल गईल, तरकस में ना तीर अब, लालटेन में रखावल गईल। जनता बा कन्फयूज भईल, कुछ उनका ना बुझाईल, रहे जे बाड़का दुश्मन, यार अब कहावल गईल। पारा बनके चारा खा गईल उ सरकार हटावल गईल, चलाके ब्रहम तीर के लालटेन के बुतावल गईल। चोर डकईत के तमगा से जिनका के तमगाावल गईल, दस साल पानी पी पी के जिनका के गरियावल गईल। समय पड़ल त ओही चोर के गरवा से लगावल गईल, होला चोर चोर मौसेरा भाई, दुनिया के बतावल गईल। कहेे लव पुरबिया दुख से एकर दुख ना कि गेठ जोरावल गईल, दुख त एकर बा की, जनता के फेर बुड़बक बनावल गईल। - लव कान्त सिंह

भूभून बचल त लोल फूटल

                           भूभून बचल त लोल फूटल     रिपोर्टर - मंत्री जी रोहतास में पब्लिक के काहे आतना गुस्सा आ गइल कि राउर लोल फोर देलस,पुरा घटना के विस्तार से बताईं ? मंत्री जी - आरे का कहीं, बिहार के जनता हमरा से अतना प्यारे करेला कि हम का बताईं। हमारा के देखे खातिर आ हमार गाना सुने खातिर पूरा रोहतास उखड़ के आ गईल रहे। उ का हऽ कि ताराचंडी धाम पर सोमार रात के काला एवं संस्कृति विभाग के फंड से एगो सांस्कृतिक कार्यक्रम के आयोजन करावत रहनी ह ताले भीड़ हमरा के देखे खतिर तुड़ा के अनियंत्रित होगईल आ धक्का-मुक्की शुरू कर देलस। अब का कहीं की बेकाबू भीड़ के नियंत्रित करे खातिर पुलिस लाठीचार्ज कर देलस ओकरा बाद जनता भी नरभसा गईल आ पथराव शुरू कर देलस, जेमें कुछ लोग के भुभुन फूटल,केहू के लिलार आ ओही में हमार लोल फूट गइल। रिपोर्टर - मंत्री जी खबर आ रहल बा कि सरकारी फंड से जौन लाउड स्पिीकर आइल रहे ओकर खराब आवाज से खिसिया के लोग दशहारा में रावण फूंके के जगह राउर गाडि़ये फुंक देहलस ? मंत्री जी - अब का बताईं...