#खदेरन_के_पाठशाला_4
(गाना बाज$ता मोबाइल में,लईका मस्त होके नाचत बारन स-"आरा जिला उखाड़ देला किला" तले मास्टर साहेब के एंट्री)
मास्टर साहेब- बंद कर$ स जाल्दी ना त मार सटहा के सभनी के भाभोर देम....इ इस्कूल ह की नाच घर,कौनो चेकिन वाला आ गइल त हमार नोकरी खा जईबा स..कौना के मोबाइल बा रे?
ढोंढा-मारसयेब इ हमरा चाचा के ह,
मास्टर साहेब-दे एगो कॉल करे के बा,ससुरार बतियावला ढेर दिन हो गइल...(ताले खदेरन लउक जाता) कहाँ रहेला खदेरन बाबु 10 के आइला ना...
खदेरन- मास्सयेब हमरा जवार में राष्ट्रीय भोजपुरी सम्मलेन रहल ह आ हमहू ओहमे भाग लेले रहनी ओहिसे ना आईनी...रउवा ना आईनी काहे?
मास्टर साहेब- का रलक....भोजपुरी सम्मेलन,अभिये से टंडइली करे लगला..
खदेरन- मास्सयेब माई भाखा भोजपुरी खातिर जतना लो काम करत बा का उ लोग टंडइली करत बा?
मास्टर साहेब- अभी तहरा न बुझाई तहार पढ़े लिखे आला समय बा जियान मत कर$..
खदेरन- मास्सयेब रउवा जइसन लोग के हमार चाचा खोजेले...कहेले की अइसन लोग के वजह से ही भोजपुरी अपमानित बिया..
मास्टर साहेब- ढेर बहसला त मार के सॊझे क देम..का लरी लो जे सरकार त भोजपुरी के दर्जा देवे से मुकर गइल...
खदेरन- ए मास्सयेब त ओस्से का हो जाई,लड़ाई जारी रही,आज ना त बिहान मिली,हमनी हार ना नु मानब स,,,आ ए मास्सयेब एगो समाचार आउर ना पढनी ह,ढेर जाना फर्जी मासटर लो त्याग देहलस आ जे नइखे त्यागले ओकरा पर कानूनी करवाई होई...अब त अंतिम तारीख भी ख़त्म हो गइल
मास्टर साहेब-(खोंखत)एक गिलास पानी ले आव त ढोंढा,इ त गर्दन सुखानेवाला खबर सुना दिया....बईठो जल्दी

टिप्पणियाँ
एक टिप्पणी भेजें